Chauri Chaura is situated in Lat. 26 Degree 38' N. and Long. 83 Degree 35' E. on the State highway between Gorakhpur and Deoria, 26 km. from Gorakhpur. It has a railway station which is 25 km. south-east of the Gorakhpur railway junction. Prior...
Read Moreसुप्रीम कोर्ट का चार गो जज अपना लायक भा अपना पसन्द वाला केस ना मिल पवला का चलते पिछला हफ्ता प्रेस कांफ्रेंस क के बखेड़ा कर दिहले रहुवन. बँवारा गिरोह के नाता डी राजा के बुड़बकहीं कहीं भा हड़बड़ी, बाकिर चौकड़ी के एगो जज से उनुका मुलाकात के खबर जगजाहिर हो गइला का बात बहुते मेहनत से बनावल जज विद्रोह के मामिला टाँयटाँय फुस्स हो गइल. पूरा देश जान गइल कि कवना तरह के खेल खेलल जा रहल बा देश का साथे. मजबूरन एह चारो जजो लोग के कहे के पड़ गइल कि अदालत मै कवनो रार नइखे आ सबकुछ ठीक हो चलल बा. बाकिर आजु जब केसन के बँटवारा के लिस्ट सामने आइल त साफ हो गइल कि जजन के चौकड़ी के कवनो महत्व वाला केस नइखे दिआइल सुनवाई खातिर. एकरा बाद फेरु खबर आवे लागल बा कि सब कुख अबहीं ठीक नइखे हो सकल आ मनभेद अबहियों मौजूद बा.
बाकिर जनता के अदालत में आपन केस ले के आइल जज लोग के ई जानि के निराशा होखी कि अधीका लोग खुश कि अदालत के मान गिरावे वाला एह चारो जज लोग का साथे सही हो रहल बा.
चारो जज देश के सबले माथ संस्था सुप्रीम कोर्ट के जतना नुकसान चहुँपा दिहले बाड़न ओकर भरपाई जल्दी हो पावे के कवनो आसार नइखे लउकत. चाहीं कि ई चारो जने अपना पद से इस्तीफा दे के खुलेआम रातनीति का दंगल में उतर के आपन बेंवल आजमा लेव.
Current Rating:
Rate the news here: