Chauri Chaura is situated in Lat. 26 Degree 38' N. and Long. 83 Degree 35' E. on the State highway between Gorakhpur and Deoria, 26 km. from Gorakhpur. It has a railway station which is 25 km. south-east of the Gorakhpur railway junction. Prior...
Read Moreराष्ट्रपति रामनाथ कोविंद एक दिन का दौरा प बियफे का दिने बिहार आएब. राष्ट्रपति एहिजा राजगीर में नालंदा विश्वविद्यालय, सीएसआरएस, इंडिया फाउंडेशन अउर विदेश मंत्रालय का ओर से आयोजित तीन दिन के धर्म-धम्म सम्मेलन के उद्घाटन करब. एह सम्मेलन में राज्यपाल सत्यपाल मलिक, मुख्यमंत्री नीतीश कुमार आ श्रीलंका के विदेश मंत्री तिलक मरापाना समेत अनेके देशन के प्रतिनिधि शामिल होखीहें.
चारा घोटाला के चाईबासा कोषागार से नाजायज निकासी का मामिला में सीबीआई के रांची के विशेष अदालत में सुनवाई बुध का दिने पूरा हो गइल. अब अदालत आपन फैसला चौबीस जनवरी का दिने सुनाई. एहू मामिला में राजद अध्यक्ष लालू प्रसाद, पूर्व मंत्री आर.केराणा, आ लोक लेखा समिति के ओह घरी अध्यक्ष रहल जगदीश शर्मा अदालत में हाजिर रहुवे लोग. एकरा साथही डोरंडा आ दुमका कोषागारन से भइल नाजायज निकासी के मामिलो के सुनल गइल. हालांकि पटना का सीबीआई विशेष अदालत में भागलपुर कोषागार से भइल नाजायज निकासी के सुनवाई ना हो सकल काहें कि आरोपी लोग राँची अदालत में हाजिरी लगवले रहुवे.
बिहार आ यूपी में देश के उत्तरी हिस्सा समेत शीतलहर के प्रकोप जारी बावे. एकरा अबहीं अउरी कुछ दिन बरकरार रहे के अनेसा बतावल जात बा. बिहार में अबही ले नाहियो त साठ लोग के मौत एह पाला से हो चुकल बा.
कुहासा का बावजूद रेलगाड़ियन के समय सेचलावे का मकसद से पूर्वोत्तर सीमांत रेलवे एगो नया प्रणाली के परीक्षण करत बिया. एह जोन के सगरी रेलगाड़ियन में जीपीएस वाला एह प्रणाली के इस्तेमाल शुरू हा गइल बा. एह प्रणाली में अगिला दू गो टीसन के दूरी के जानकारी मिल जात बा.
रोहतास जिला के डेहरी में चलत सेना बहाली का दौरान मचल भगदड़ में बियफे का दिने एगो नवही के मौत हो गइल आ पाँच गो अउरी नवही घवाहिल हो गइलें. घवाहिलन के सासाराम सदर अस्पताल में
भरजी करावल गइल बा.
बिहार सरकार के उत्पाद विभाग बियफे का दिने अलग अलग जगहा से कुल मिला के एगारह जने के शराब का साथे गिरफ्तार क लिहलसि. गोपालगंज जिला के कुचायकोट इलाका के नेचुआ जलालपुर समेकित चेक पोस्ट पर एगो ट्रक से हरियाणा के बनल तीन सौ पेटी शराब बरामद भइल.
इलाहाबाद में चलत माघ मेला का खास खास नहानन का दिने पूर्वोत्तर रेलवे वाराणसी के मडुवाडीह से इलाहाबाद सिटी का बीचे विषेश रेलगाड़ियन के चलावे के तय कइले बिया. 13 से 16 जनवरी का बीचे एक दर्जन मेला स्पेशल ट्रेन चलावल जाई. तीन जोड़ी रेलगाड़ियन में अधिका कोच लगावल जाई आ कुछ रेलगाड़ियन के मेला ठहराव दीहल जाई,
Current Rating:
Rate the news here: