Chauri Chaura is situated in Lat. 26 Degree 38' N. and Long. 83 Degree 35' E. on the State highway between Gorakhpur and Deoria, 26 km. from Gorakhpur. It has a railway station which is 25 km. south-east of the Gorakhpur railway junction. Prior...
Read Moreवाराणसी में बियफे का दिने देश के प्रधानमंत्री रहल लाल बहादुर शास्त्री के पुण्यतिथि पर अनेके कार्यक्रम आयोजित कइल गइल. एगो समारोह उनुका पैतृक निवास रामनगर में आयोजित भइल. राज्यपाल राम नाईक आ मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ लखनऊ के लाल बहादुर शास्त्री भवन में आयोजित समारोह में शामिल भइनी आ आपन पुष्पांजलि अर्पित कइनी. योगी जी कहनी कि शास्त्री जी के सादगी आ सत्यनिष्ठा का राह पर हमनियो के चले के चाहीं.
भोट पावे का मकसद से गुजरात में मंदिरे मंदिरे मूड़ी पटके वाला राहुल गाँधी के गोल के गिनल चुनल मुख्यमंत्रियन में शामिल कर्नाटक के मुख्यमंत्री सिद्धारमैया फेरु से हिन्दू आतंकवाद के जुमला उछालत अपना गैर हिन्दू वोट बैंक के पटावे के कोशिश में लाग गइल बाड़न. सिद्धारमैया के कहना बा कि भाजपा आ संघ देश में हिन्दू आतंकवाद पसारे के काम करत बाड़ें. सिद्धारमैया ते एह बयान का खिलाफ भाजपा अब कर्नाटक में करे लागल बिया. गुजरात चुनाव में मोदी के नीच कहला जइसने मुद्दा कांग्रेस भाजपा के परोस दीहले बिया.
साल 1984 के सिक्ख नरसंहार वाला दंगन के 186 मामिलन के जाँच खातिर सुप्रीम कोर्ट अब एगो स्पेशल जाँच दल बना दिहले बिया. दुख के बात बा कि भाजपा का लरकार का बावजूद एह मामिलन के जाँच में तेजी ना आ सकल.
भारतीय अंतरिक्ष अनुसंधान संगठन -इसरो शुक का दिने कार्टोसैट दो श्रृंखला के एगो उपग्रह अंतरिक्ष में भेजे वाला बा. शुक का सबेरे साढ़े नौ बजे एकरा के आंध्र प्रदेश में श्रीहरिकोटा से प्रक्षेपित कइल जाई. एह दौरान एहसे कनाडा, फिनलैंड, फ्रांस, दक्षिण कोरिया, ब्रिटेन आउर अमेरिका के कुल 28 गो छोट छोट उपग्रहो छोड़ल जाई. भारते के आपन दू गो उपग्रह छोड़ाए वाला बा. कार्टोसैट-2 उपग्रह पांच बरीस ले काम करी.
यूपी के बाराबंकी जिला में जहरीला शराब पियला का बाद एक दर्जन लोग के मौत हो गइल बा. सरकार सरे वालन का परिवार के दू दू लाख रुपिया के सहोयता देबे के एलान कइले बिया.
वीर बहादुर सिंह पूर्वांचल विश्वविद्यालय, जौनपुर में शुक का दिने स्वामी विवेकानंद जयंती का मौका पर होखत समारोह में मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ मुख्य अतिथि रहब.
जौनपुर के मुंगरा बादशाहपुर इलाका से एसटीएफ एगो अपराधी के गिरफ्तार कइलसि जवन रुपिया ले के दोसरा के खून करत रहुवे.
पंजाब के मोहाली में दू महीना पहिले एगो नवहिन से बलात्कार आ ओकर खून क के भागल कुकर्मी के बेतिया से गिरफ्तार कर लिहलसि बिहार पुलिस.
खराब मौसम का चलते गोरखपुर ना आ सकल राज्यपाल राम नाईक लखनऊए से मोबाइल का जरिए महोत्सव के उद्घाटन करे के एलान कइनी. पहिला बेर राज्य लरकार एह बेर गोरखपुर महोत्सव के आयोजन कइले बिया. यूपी के मुख्यमंत्री रहल सपा अध्यक्ष अखिलेश यादव चुनौती दिहले बाड़न कि मुख्यमंत्री योगी जो एकरा के सैफई महोत्सव से बढ़िया से आयोजित क के देखा देसु. टाद करीं कि सपा सरकार का समय सैफई में सरकारी धन के लुटावल बालीवुड के हीरो हीरोइनन के नाच करावल जात रहुवे. तय बा कि वइसन नगई एह सरकार से होइए ना सकी.
मिर्जापुर के विंध्याचल इलाका के कंतित मोहल्ला में नइहर में रहत एगो औरत के मौत आगि में जरला से हो गइल. आगि कइसे लागल एकर जाँच करत बिया पुलिस.
बस्ती के छावनी इलाका में भइल एगो सड़क हादसा में दुबौलिया इलाका के महादेवा के रहे वाला मोटरसाइकिल सवार के मौत हो गइल.
बाहुबली विधायक मुख्तार अंसारी के बियफे का दिने संजय गांधी आयुर्विज्ञान संस्थान से फेरु बाँदा ताल ला डिस्चार्ज क दीहल गइल बा. एक दिन पहिले सीना में दर्द का शिकायत प मरद मेहरारु दुनु जने के एहिजा भरती करावल गइल रहुवे.
चारा चोर लालू प्रसाद यादव के कम सजा देबे के पैरवी करे के आरोप जालौन के जिलाधिकारी मन्नान अख्तर पर लगावल गइळ बा. सरकार एह आरोप के जोँच करावत बिया.
बलिया के सुखपुरा इलाका में नोनिया छपरा गाँव में जमीन के झगड़ा ले के एगो बूढ़ के लाठी से पीटत जोन ले लीहल गइल.
वाराणसी के भेलूपुर इलाका में दुर्गाकुण्ड का लगे शराब के नशा में धुत्त हो के फूहड़ डांस करत आठ गो अधउघार नवहिनियन समेत 32 लोग के पुलिस गिरफ्तार क लिहलसि.
Current Rating:
Rate the news here: