Chauri Chaura is situated in Lat. 26 Degree 38' N. and Long. 83 Degree 35' E. on the State highway between Gorakhpur and Deoria, 26 km. from Gorakhpur. It has a railway station which is 25 km. south-east of the Gorakhpur railway junction. Prior...
Read Moreमशहूर हिन्दी साहित्यकार प्रो0 दूधनाथ सिंह के निधन 82 बरीस का उमिर में बियफे का देर रात इलाहाबाद के एगो अस्पताल में हो गइल. प्रो0 दूधनाथ सिंह पिछला दू बरीस से प्रोस्टेट कैंसर से पीड़ित रहलीं. बलिया के सोबंथा गांव में 17 अक्टूबर 1936 के जनमल प्रो0 दूधनाथ पिंह के बलिया के पढ़ाई का बाद इलाहाबाद से हिन्दी में एम ए कइनी आ ओकरा बाद कुछ दिन कोलकाता में नौकरी कइला का् बाद इलाहाबाद विश्वविद्यालय में पढ़ावे लगनी आ एहिजे से प्रोफेसर पद से रिटायरो भइनी. इहाँ के अंतिम संस्कार शुक का दिने इलाहाबाद में गंगातट प भइल. प्रो0 दूधनाथ सिंह अनेके किताब लिखले रहनी आ अनेके पुरस्कार से सम्मानितो भइल रहनी.
सुप्रीम कोर्ट के चार गो जज शुक का दिने मीडिया के बोला के आपन रोना रोवलें कि कोर्ट में मुकदमन के बँटवारा सही से नइखे होखत आ मुख्य न्यायाधीश जेकरे के चाहत बाड़न ओकरे के केस थमा देत बाड़न. ओह लोग का लगे बड़का मामिला नइखे भेजल जात. एह प्रेसर का बाज नेता आ वकील लोग आपन आपन राग अलापल शुरु क दीहल. सुप्रीम कोर्ट में कुल 25 गो जज बाड़ें आ ई मुख्य न्यायाधीश के अधिकार में होला कि कवन केस कवना बेंच का सोझा भेजसु. अपना एह हरकत से ई लोग अदालत के नाम हँसा दीहल. बाकी बीसो जज एह बाति प चिन्ता करत बाड़ें.
राष्ट्रीय युवा उत्सव – 2018 के वीडियो कांफ्रेंसिंग से संबोधित करत पीएम मोदी कहनी कि सरकार नवहियन के नौकरी खोजे वाला बनावे का बदले नौकरी बाँटे वाला बनावत बिया. वनहियन के आपन रोजगार शुरु करे ला अबले बिना कवनो गारंटी के चार लाख करोड़ रुपिया के कर्ज दे चुकल बिया आ एह धंधन से करोड़ों लोग के रोजगार मिले के राह साफ हो गइल बा.
भारत शुक का दिने मौसम के जानकारी बटोरे वाला कार्टोसैट-टू श्रेणी के उपग्रह समेत 31 गो उपग्रहन के शुक का दिने सफल प्रक्षेपण कइलसि. एह सफलता के पूरा दुनिया दाँत तर अंगूरी दबा के देखल.
बंबई शेयर बाजार के सेंसेक्स आ निफ्टी में शुको का दिने तेजी दर्ज भइल. सेंसेक्स 89 अंक के बढ़त लिहलसि त निफ्टी 30 अंक के.
शुक का दिने राष्ट्रीय महिला मुक्केबाजी चैम्पियनशिप में मणिपुर के सरजूबाला देवी फ्लाइटवेट श्रेणी में हरियाण के रितु के 3-2 से हराके स्वर्ण पदक जीत लिहली, विश्व चैंपियन रहल एल सरिता देवी 60 किलोग्राम भार वर्ग का फाइनल में रेलवे के पवित्रा के हरावत स्वर्ण पदक हासिल क लिहली.
राजपूतन के नाराजगी झेलत संजय लीला भंसाली के फिलिम पद्मावत से मुसीबत अबहीं छँटल नइखे. देश के कईएक राज्य सरकार एह फिलिम के अपना राज्य में रिलीज नइखन होखे देत.
बिहार के मुख्यमंत्री शुक का दिने बक्सर आ कैमूर में करोड़ों रूपिया का लागत से बने वाला कई एक योजनन के शिलान्यास भा उद्घाटन कइलन. डुमरांव में विकास कार्यक्रमन में जिला प्रशासन पर अनदेखी करे के आरोप लगावत औरन के एगो झुण्ड नीतीश कुमार का काफिला प ढेसामारी कग दिहलसि जेहसे कईएक लोग घवाहिल हो गइल आ कई गो गाड़ियन के शीशा फूट गइल. ई लोग आपन शिकायत सुनावे ला मुख्यमंत्री से मिलल चाहत रहुवे.
सेशेल्स के नेता प्रतिपक्ष आ ओहिजा के राष्ट्रपति पद के उम्मीदवार वैवेल जॉन चॉर्ल्स रामकलावां गोपालगंज जिला के परसौनी प्रखंड में अपनी पुरनियन के गांव पंचदेवरी के दौरा कइलन. उनुकर जोरदार स्वागत कइल उनुका गाँव जवार के लोग. रामकलावां सभका से चुनाव में जीते के.आशीर्वाद मँगलन.
भोजपुर जिला में एगो दारोगा के घूश लेत घरी निगरानी विभाग के टीम ध लिहलसि आ गिरफ्तार क लिहलसि.
सिवान जिला के दरौली इलाका के टोका गांव का लगे एगो ट्रक आ मोटरसाइकिल के बीच भइल टक्कर में एगो औरत समेत तीन जने के मौत हो गइल.
चंदौली के स्वाट टीम एगो धुरंधर वाहन चोर के गिरफ्तार क लिहलसि आ ओकरा लगे से चार गो चोरावल मोटरसाइकिलो बरामद क लिहलसि,
मिर्जापुर के मड़िहान इलाका के कूड़ी गाँव के एगो औरत ट्रैक्टर से धान कुटात घरी ओकरा पट्टा में फँस के मर गइल. एगो दोसरा हादसा में देहात कोतवाली इलाका में टेम्पो पलटला से इन्दी गाँव के एगो आदमी के मौत हो गइल.
सिद्धार्थनगर के डुमरियागंज में बोरसी जरा के कोठरी में सूतल परिवार के चार बेकत के मौत दम घुटला से हो गइल.
देवरिया के तरकुलवा इलाका के एगो ईंटा भठ्ठा पर कच्चा शराब बनावे वाला भट्ठी पर छापा मारके 130 लीटर कच्चा शराब आ शराब बनावे के सामान बरामद कइलसि पुलिस.
गाजीपुर के शादियाबाद इलाका में भइल सड़क हादसा में बहरियाबाद के वृन्दावन गांव के एगो मोटरसाइकिल सवार नवही के मौत हो गइल.
जौनपुर के नगर कोतवाली इलाका में केरारवीर का नियरा गोमती नदी किनारे एगो व्यापारी के लाश मिलल बा. ओकरा के ईटो से कूट कूट के मुआवल लागत बा.
Current Rating:
Rate the news here: