Chauri Chaura is situated in Lat. 26 Degree 38' N. and Long. 83 Degree 35' E. on the State highway between Gorakhpur and Deoria, 26 km. from Gorakhpur. It has a railway station which is 25 km. south-east of the Gorakhpur railway junction. Prior...
Read More
20 जुलाई 2017 का दिने संघ के प्रचारक स्वंयसेवक, भाजपा के नेता, आ हाल फिलहाल में बिहार के राज्यपाल रहल रामनाथ कोविन्द जी के देश के 14वाँ राष्ट्रपति का रुप में चुनइला के आधिकारिक एलान हो गइल. सोनिया गाँधी के अगुअई में बहुते विराधी गोल मिल के बाबू जगजीवन राम के बेटी आ लोकसभा स्पीकर रह चुकल मीरा कुमार के लड़ववले रहलें. अपील कइले रहुवे लोग कि सांसद आ विधायक अपना अंतरात्मा के आवाज का अनुसार मतदान करे. मकसद त रहल कि भाजपा के अगुअई वाली एनडीए के लोग क्रॉस वोटिंग करे बाकिर करीब करीब हर राज्य के कांग्रेसी आ विरोधी विधायकन में से कुछ लोग अपना अंतरात्मा के आवाज सुनि के कौविन्द जी के वोट दे दीहल. परिणाम ई भइल कि उमीदो से बेसी वोट बिटोरत करीब दू तिहाई मत से कोविन्द जी चुना गइनी.
यूपी से आवे वाला पहिला राष्ट्रपति कोविंद जी दुसरका दलित राष्ट्रपति होखब. आ अब पहिला बेर कवनो भाजपा नेता राष्ट्रपति पद के सुशोभित करीहें. संगही देश के चारो माथ पद प संघ आ भाजपा के लोग विराजमान रही. राष्ट्रपति, उप राष्ट्रपति, प्रधान मंत्री आ लोकसभा अध्यक्ष – चारों पदन प अब संघ के लोग रही, देश के आधा से अधिका राज्यन प राजग पहिलहीं से काबिज बा आ जब राज्यसभा में ओकरा बहुमत मिल जाई त फेर आपन रीति नीति लागू करवावे में कवनो परेशानी ना होखी.
Current Rating:
Rate the news here: