Chauri Chaura is situated in Lat. 26 Degree 38' N. and Long. 83 Degree 35' E. on the State highway between Gorakhpur and Deoria, 26 km. from Gorakhpur. It has a railway station which is 25 km. south-east of the Gorakhpur railway junction. Prior...
Read More
बसपा के नेतवन के गाली गलौज करे आ एगो नाबालिग लइकी का खिलाफ बदजुबानी कइला पर मचल बवाल का चलते सकेता में घेराइल बसपा सुप्रीमो मायावती आजु लखनऊ में मीडिया का सोझा आपन सफाई पेश करीहें. उमेद त इहो बा कि खराब तरीका से घेगा गइल मायावती अपना गोल के कुछ बड़कन नेतवन के बाहर के राह देखा सकेली. मायावतीओ का खिलाफ मुकदमा दर्ज हो गइल बा.
भाजपा के एगो नेता दयाशंकर सिंह के बदजुबानी से बसपा का हाथे एगो बड़हन मुद्दा लाग गइल रहुवे बाकिर उछाह का अधिकई से बसपा नेता कुछ अइसन नाजायज बोत गइलन कि मामिला उलट के उनुके गरदन के फाँस बन गइल बा.
ओने ओह नाबालिग लइकी के माई स्वाति सिंह आजु यूपी के राज्यपाल राम नाइक का सोझा आपन ब्यथा सुनावा वाली बाचटी. स्वाति सिंह आजु बसपा के राष्ट्रीय महासचिव नसीमुद्दीन के खिलाफ कार्रवाई ना भइला का खिलाफ धरना करे वाली रही बाकिर राज्यमंत्री जूही सिंह से भरोसा मिलला का बाद धरना के चार दिहले बाड़ी.
स्वाति सिंह के कहना बा कि घटना के दू दिन बादो ले बसपा के नेता लोग का खिलाफ कवनो कार्रवाई नइखे भइल.
अपना दल सांसद अनुप्रिया पटेलो एह मामिला में बसपा प्रमुख आ उनुका समर्थकन के बोल के अधिका आपत्तिजनक बतवले बाड़ी. कहली कि शर्मनाक बाति बा कि खुद महिला होखला का बावजूद मायावती अपना समर्थकन के अनेत के बचाव करत बाड़ी.
Current Rating:
Rate the news here: