Chauri Chaura is situated in Lat. 26 Degree 38' N. and Long. 83 Degree 35' E. on the State highway between Gorakhpur and Deoria, 26 km. from Gorakhpur. It has a railway station which is 25 km. south-east of the Gorakhpur railway junction. Prior...
Read More
22 जुलाई का दिने गोरखपुर से यूपी चुनाव अभियान के एक तरह से शुरूआते क दिहलन पीएम मोदी. भोजपुरी में अपना भाषण के शुरुआत क के एहीजा के लोगन के मनो जीते के कोशिश कइलन मोदी जी.
गोरखनाथ मंदिर में पूजा अर्चना क के आ एह पीठ के दिवंगत मठाधीश महंत अवैद्यनाथ के मूर्ति के अनावरण क के मोदीजी अपना हिन्दुत्व प्रेमो के बखूबी जता दिहलन. कहलन कि उनुका ला ई सौभाग्य के बाति बा कि उनुका महंत अवैद्यनाथजी के मूर्ति के अनावरण करे के मौका मिलल.
एकरा बाद फर्टिलाइजर ग्राउंड पर आयोजित कार्यक्रम में एम्स के आधारशिला रखलन आ 30 बरीस से बन्द पड़ल फर्टिलाइजर कारखाना के फेर से चालू करे के शुरुआत कइलन. प्रधानमंत्री कहलन कि जातिवाद भा परिवारवाद से विकास नइखे होखे वाला आ नवहियन के चाहीं कि बीजेपी के विकासवाद से जुड़े लोग.
प्रधानमंत्री बनला का बाद पहिला बेर गोरखपुर आइल रहलन आ पूर्वांचल से चुनावी शंख बजावे के आपन खास मायने बा. पूर्वांचल में बीजेपी आपन पूरा ताकत लगा दिहले बिया. गारखपुर के कार्यक्रम से पूर्वी उत्तर प्रदेश में योगी आदित्यनाथ के सत्तो के स्थापित क गइलन मोदी जी. तीसन बरीस से बन्द पड़ल फर्टिलाइजर कारखाना शुरू करावे आ एम्स खोलवावे के जसो योगी आदित्यनाथ का नामे क दिहलन. कहलन कि रउरा सभा आदित्यनाथ जइसन मजबूत सांसद भेजले बानी जे हमरो से लोहा ले लेबेलन.
बाकिर सबकुछ का बावजूद यूपी में केकरा के सीएम बनावल जाई से आजुओ ना खुलल. ओने योगी आदित्यनाथ साफ कह दिहलन कि ऊ योगी हउवन आ योगिए बनल रहीहें. मुख्यमंत्री के बनी से भाजपा के संसदीय दल तय करी.
Current Rating:
Rate the news here: