Chauri Chaura is situated in Lat. 26 Degree 38' N. and Long. 83 Degree 35' E. on the State highway between Gorakhpur and Deoria, 26 km. from Gorakhpur. It has a railway station which is 25 km. south-east of the Gorakhpur railway junction. Prior...
Read More
शुक का दिने यूपी भाजपा के उपाध्यक्ष पद से हटावल गइल दयाशंकर सिंह के पत्नी स्वाति सिंह आ महतारी का तरफ से बसपा नेता नसीमुद्दीन सिद्दीकी आ अउरिओ लोग का खिलाफ मुकदमा लिखावल गइल, मायावती के तुलना वेश्या से कइला का खिलाफ बसपा के लोग दयाशंकर सिंह का खिलाफ जुलूस निकलले रहुवे आ उहो लोग ओही तरह के भाषा दयाशंकर सिंह के बहिन बेटी का बारे में क दिहल. खुद मायावतिओ राज्यसभा में असंयमित हो गइल रही बाकिर ओह गरी का माहौल में एह बाति के अनदेखी क दीहल गइल. अब एके तरह का अपराध ला दू तरह के प्रतिक्रिया कवनो तरह जायज ना ठहरावल जा सके. जवन कार्रवाई दयाशंकर सिंह का खिलाफ होखत बा वइसने कार्रवाई नसीमुद्दीनो का खिलाफ होखे के चाहीं.
स्वाति सिंह के जवाबी कार्रवाई से भाजपा के संजीवनी मिल गइल आ ऊ पूरा मुद्दा के पलटु के बसपा के बचाव के मुद्रा मे आवे ला मजबूर क दिहलसि. अब भाजपा पूरा तरह से मजबूत पायदान पर खड़ा बिया आ मायावती के साबित करे के होखी कि ऊ नारी सम्मान के कदर करेली. शुक का दिने भाजपा यूपी में जोरदार प्रदर्शन करे के योजना बनवले बिया. बेटी के सम्मान में, भाजपा मैदान में के नारा का साथ बसपा के कठघरा में खड़ा करावे के योजना बा. अति उछाह में बसपा के लोग खुदे अपना के संकट में डाल लिहले बा.
भाजपा के एही बीचे एगो बढ़िया बेंवतगर महिला नेता फाँवे में मिल गइल बा स्वाति सिंह का रूप में आ भाजपा में स्वाति सिंह के आगा ला आवे के अभियानो शुरु हो गइल बा.
दुख के बात बा कि मायावती में भाजपा वाला साफगोई नइखे लउकत आ ऊ अपना नेतन के बचाव करे में लागल बाड़ी जबकि उनुका चाहत रहुवे कि नसीमुद्दीन के बसपा से निकाल के नारी सम्मान ला आपन प्रतिबद्धता देखवती.
Current Rating:
Rate the news here: