Chauri Chaura is situated in Lat. 26 Degree 38' N. and Long. 83 Degree 35' E. on the State highway between Gorakhpur and Deoria, 26 km. from Gorakhpur. It has a railway station which is 25 km. south-east of the Gorakhpur railway junction. Prior...
Read Moreपूर्वी चंपारण के तुरकौलिया के एगो आदमी जिलाधिकारी आ एसपी का लगे दरखास्त लगवले बा कि ओकर बाप ओकरा मेहरारु से नाजायज संबंध राखेला आ अब ओकरा के मरवा दीहल चाहत बा.
38 बरीस के एह आदमी का कहना बा कि बिआहे का बाद से ओकर बाप अपना पतोहु के अपना जोल में फाँस लिहले बा ओकरा मेहरारु से जनमल सगरी बच्चा ओकरे हउवें सँ आ डीएनए जाँच करा के एकरा के साबित कइल जा सकेला. ओकर मेहरारु स्कूल में पढ़ावेले आ अब ससुरालो वाला सब एही फिराक में बाड़न स कि केहु तरह एह आदमी के जान ला लिहल जाव जेहसे सगरी बखाड़ा हमेशा ला खतम हो जाव.
ई आदमी एही मामिला ले के मोतिहारी कोर्टो में केस कइले बा.
ओने एह आदमी के मेहरारुवो पिछला महीना तुरकौलिया थाना में दहेज उत्पीड़न करे, अय्याश होखे आ एगो औरत से नाजायज संबंध राखे के केस लिखवले बिया.
Current Rating:
Rate the news here: