Chauri Chaura is situated in Lat. 26 Degree 38' N. and Long. 83 Degree 35' E. on the State highway between Gorakhpur and Deoria, 26 km. from Gorakhpur. It has a railway station which is 25 km. south-east of the Gorakhpur railway junction. Prior...
Read Moreसनिचर राते यूपी का बुलंदशहर में होखत एगो समारोह में चहुँपल सपा के बड़का नेता आ अखिलेश सरकार में मंत्री आजम खान मजलिस-ए-इत्तेहादुल मुस्लिमीन (एमआईएम) के नेता असदुद्दीन ओवैसी के पोस्टर देखते भड़क गइलन. मंच पर बइठबो ना कइलन आ लगलन आपन भँड़ास निकाले. पहिले त कार्यक्रम के आयोजक आ अपना पुरान दोस्त बदरूल इस्लाम से ओवैसी के पोस्टर लगवला खातिर आपन नाराजगी जतवलन आ ओकरा बाद लगलन भीड़ के छीछालेजर करे.
कहलन कि 80 फीसदी मुसलमान रोजा ना राखसु आ एह बारे में झूठ बोलेलें. कहलन कि जवन मुसलमान अपना मालिक अल्लाह के ना भइल ऊ कुकुरो ले गइल गुजरल बा. कहलन कि ओवैसी के पोस्टर लगा के का देखावल चाहत बाड़ लोग ? ई औवेसी बीजेपी आ आरएसएस क एजेंट हवे आ मुसलमानन के बाँटे में लागल बा.
कहलन कि मीडिया दंगा करावेला. जरत घर देखाई, जरावे वाला के ना, बलात्कार देखाई, बलात्कारी के ना, दंगा देखा दी बाकिर दंगाईयन के ना देखाई काहे कि ऊ एकही के आपन लोग होला.
Current Rating:
Rate the news here: