Chauri Chaura is situated in Lat. 26 Degree 38' N. and Long. 83 Degree 35' E. on the State highway between Gorakhpur and Deoria, 26 km. from Gorakhpur. It has a railway station which is 25 km. south-east of the Gorakhpur railway junction. Prior...
Read Moreबिहार बोर्ड के मैट्रिक परीक्षा प्रवेश पत्र आजु शुक का दिने से बिहार विद्यालय परीक्षा समिति के वेबसाईट पर मिलल शुरु हो जाई. बोर्ड के वेबसाईट bsebbihar.com हवे. एहिजा से 23 जनवरी ले आपन प्रवेश पत्र उतार सकीहें परीक्षार्थी. अगर उतारल प्रवेश पत्र में कवनो गलती मिले त अपना विद्यालत के प्राचार्य का माध्यम से ओकरा के सुधरवावल जा सकेला. इहो काम तेइसे तारीख ले करवा लेबे के पड़ी.
बिहार के भोजपुरी पट्टी से कुछ अउर खबर –
रोहतास जिला के शिवसागर इलाका के कैथी उच्च विद्यालय में एगो शिक्षक के गोली मार के घवाहिल कर भगलें कुछ अपराधी.
पश्चिम चंपारण जिला के एगो अदालत से शादी के झांसा देके यौन शोषण करे वाला एगो कुकर्मी के दस बरीस के जेल आ दस हजार रुपिया जुर्माना के सजा मिलल बा.
राजद अध्यक्ष लालू प्रसाद के हिन्दुस्तानी अवाम मोर्चा के प्रदेश अध्यक्ष वृषिण पटेल का साथे बियफे का दिने राँची में मुलाकात प राजनीतिक बुझउवल होखे लागल बा. जबकि पटोल का मुताबिक ऊ अपना गोल के नेता जगदीश शर्मा से भेंट करे आइल रहलें आ संजोग से लालू सोझा पड़ गइलन त हालचाल पूछे लगलन. एहमें कवनो राजनीतिक मकसद देखला के जरुरत नइखे.
बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार अपना विकास समीक्षा यात्रा करत बियफे का दिने सारण जिला में विकास कार्यन के प्रगति आ कार्यान्वयन के जायजा लिहलें. एकमा प्रखंड के हंसराजपुर पंचायत में जीविका कार्यकर्तन से मुलाकात कइलें आ जिला में करोड़ों रुपिया के कई गो योजना के शिलान्यास आ उद्घाटन कइलन.
उत्तर बिहार के लोगन के राज्य में चलत शीतलहरी से अबहीं कवनो राहत नइखे मिलल आ मौसम वइसने खराब चलत बा.
Current Rating:
Rate the news here: