Interview with Manoj Tiwari:

Manoj Tiwari is at the peak of popular success in the Bhojpuri music as well as cinema scenario. He has released a large number of audio cassettes, CDs, acted in several Bhojpuri movies and is regularly invited to functions for live performances.
His style is an amalgam of the traditional and the modern- taking the best of both.Bhojpuri cinema began its bull run last year with Manoj Tiwari's Sasura Bada Paisewala. This movie collected 2 crore from box office in Bihar and eastern UP. Then came another hit Daroga Babu I Love You. These days even video rights of these Bhojpuri movies are going for as high as Rs 20 lakh. Looks like days of Ganga Maiya Tohe Piyari Chadhaibo, Balam Pardesia and Nadiya ke par is going to come back after several years of ups and downs with contributions from talents like Manoj Tiwari.
The interview published below is in Devnagari Script. Please change your encoding to UTF-8 by selecting it from VIEW button on top of your web browser.
भोजपूरी भाषा के मशहूर गायक अउर अभिनेता मनोज तिवारी के कउनो परिचय के जरूरत नइखे। लोकगीत गा के नाम कमइले के बाद मनोज जी भोजपूरी सिनेमा में भी काम करे लगलन। "ससुरा बडा़ पैसे वाला", "बन्धन टूटे ना", "दामाद जी" और "धरतीपुत्र" जइसन मशहूर भोजपुरी फिल्मन के नायक और गायक मनोज जी के अबकी साल के बेस्ट भोजपूरी सिंगर के अवार्ड से सम्मानित कइलस लोग। चौरीचौरा.कॉम के सम्पादक सुधान्शु त्रिपाठी मुम्बई जा के उनसे विशेष बातचीत कइलन।
ई बातचीत आप लोगन के पढ़े खातिर प्रस्तुत बा :
सवाल : भइया, सबसे पहिले तऽ आपके अवार्ड जितला पर बधाई।
जवाब : बहुत बहुत धन्यवाद! ई सब तऽ रउआँ लोगन के सनेह और प्यार हवे जवन गाँव के एक भोजपुरिया लइका के एतना सम्मान देत बाटीं ।
सवाल : आप के फिलिम ""ससुरा बडा़ पैसे वाला" गोल्डेन जुबली मनावता, तऽ कइसन लागताऽ ?
जवाब : हमरे आ भोजपुरी समाज खातिर ई बहुत अच्छा बात बाटे । "नदिया के पार" के बाद ई फिलिम भोजपुरी सिनेमा के सबसे बड़हन हिट हउए। ई बात से भोजपुरी सिनेमा में एक नया युग देखे के मिलताऽ । जउन लोग भोजपुरी के नाम पर मुँह नाक सिकोड़त रहे, आज उहे लोग एकरा खरतिन काम करत बानि ।
सवाल : आज इन्डस्ट्री के बडे दिग्गज भोजपुरी फिल्म बनावत बा लोग, तऽ ए बारे में आपके का कहे के बाऽ ?
जवाब : असल में इन्डस्ट्री के रिवाज हउए कि जवन हिट होत बाऽ ओहि के सिलसिला शुरू हो जाला। हिन्दी सिनेमा के नंगई देख के दर्शक उकता गइल बाटऽन, ओहीं भोजपुरी फिल्मन में आपन माटी, लोक कला, संस्कृति के देखावल जात बाटे । एही से आज भोजपुरी सिनेमा के डंका भारत के साथ साथ फिजी, मॉरीशस, इंगलैंड आ अमेरिका तक ले बाजताऽ।
सवाल : प्लेबैक गायक के रूप में आपके खास पसंदीदा एक्टर के हवे ?
जवाब : भैया, हमार कउनो ख़ास पसंद नाहीं बाऽ, जेकरा खातिर फिल्म के निर्देशक कहिहँ, ओकरा खातिर गाइलाँऽ ।
सवाल : कवने डाइरेक्टर के साथे काम कइल ज्यादे रास आवेलाऽ ?
जवाब : कइ लोगन के साथे काम कइलीं लेकिन टीनू वर्मा जी के बात ही निराली बाऽ | हम बार बार उनके साथे काम कइल चाहब ।
सवाल : भैया, काऽ बात हवे कि भोजपुरी सिनेमा के मल्टीप्लेक्स में ना देखावल जाताऽ ?
जवाब : देखीं भाई, हमनी के दू सौ आ अढ़ाई सौ रुपिया देके यू॰पी॰ आ बिहार के भाई लोग कहवाँ से फिलिम देखल जाई, जब हमनी के बटुआ ओकर परमिशन ना देई । अउर भोजपुरिया फिल्मन के दर्शक आम आदमी हउए, जउन बीस तीस रुपिया में आपन माटी, घर दुआर के दर्शन कइल चाहेला | ई सब कुछ ओकरा के भोजपुरी फिल्मन में आसानी से मिलत बाटे।
सवाल : भोजपुरी भाषा के विकास करतिन अउर काऽ कइल जात बाटे ?
जवाब : राजनीतिक स्तर पर भोजपुरी के संविधान के आठवीं अनुसूची में शामिल करे के प्रयास होता। गृहमंत्री शिवराज पाटिल के अलावा श्रीप्रकाश जायसवाल अउर सुबोध कांत सहाय से भी बात भइल हउए। सब लोगन के बहुते सकारात्मक दृष्टिकोण रहे। देखल जाँऽ, सब लोग ऊ दिन के अगोरताऽ।
सवाल : आपके आवे वाली फिल्मन के बारे में बताईं।
जवाब : "मंगलसूत्र" पर जोर से काम चलऽताऽ। एकरे अलावा विजय मल्या अउर टीनू वर्मा जी के दू ठो फिलिम में काम करताऽनी।अउर भी कइ जगह से आफर आइल बाऽ ।
सवाल : इंटरनेट पर भोजपुरी के प्रचार प्रसार के बारे में कुछ कहल जाँऽ ।
जवाब : बहुते अच्छा आ सराहनीय प्रयास हउए। कम से कम भोजपुरियन के केहु बेवकूफ त ना कहे के जहमत करी । ए काम करतिन आपके सबके मनोज के साधुवाद ।
सवाल : आपके प्रशंसक लोग करतिन कउनो संदेश ?
जवाब : बस एही तरह से आपन सनेह लुटाईं, भोजपुरी के अदना सा सिपाही आप सबके ॠणी हउए ।
(Chaurichaura.com thanks a lot to Manoj Tiwari for this interview)
Manoj Tiwari Can be contacted at :
MANOJ TIWARI 'MRIDUL'
C-29/61 A Raghubir Nagar
Maldahiya, Varanasi, Uttar Pradesh
India
Ph: 91-542-340028


