Chauri Chaura is situated in Lat. 26 Degree 38' N. and Long. 83 Degree 35' E. on the State highway between Gorakhpur and Deoria, 26 km. from Gorakhpur. It has a railway station which is 25 km. south-east of the Gorakhpur railway junction. Prior...
Read Moreपटना 11 अप्रैल. बिहार के कुख्यात चारा घोटालाबाज सजायाफ्ता लालू प्रसाद के पत्नी अपना डेरा पर तैनात सुरक्षाकर्मियन के गिलिती कम भइला से रुसल बाड़ी आ उनुका साथही रुसल उनुकर दुनु बेटो लोग आपन पूरा सुरक्षा वापिस कर दिहले बा. हालांकि सोचे वाली बात बा कि आखिर राबड़ी देवी के कवन खतरा बा जवना चलते उनुका सरकारी खरचा पर सुरक्षा के अमला चाहीं. आखिर बेपनाह कमाई के दौलत से निजी सुरक्षा काहे नइखी राख लेत. सरकार बीच बीच में खतरा का आकलन करत सुरक्षा बढ़ावत घटावत रहेले आ एह पर कवनो शिकायत के बाति ना होखे के चाहीं. बाकिर असल वजह ई बा कि डेरन पर तैनात सुरक्षा एह लोग के आपन दबदबा देखावे का कामे आवेला आ एही से कवनो नेता भा नेतइन ई ना चाहे कि ओकर सुरक्षा में कवनो कमी कइल जाव. ओह लोग के लागेला कि एह से जनता में संदेश जाला कि इनकर दबदबा अब कम होखे लागल बा. मुख्यमंत्री रहत घरी जब लालू के चारा घोटाला का मामिला में पहिला बेर जेल जाए के मजबूरी आइल त अपना गोल पर कब्जा बनवले राखे खातिर ऊ अपना पत्नी राबड़ी देवी के मुख्यमंत्री बनवा दिहले रहलें. अब एकबेर राज्य के मुख्यमंत्री रहला का नाते एकरो के आपन जागीर समुझत ई लोग बिहार के राजनीति में आपन दबदबा बनवले राखे ला बेचैन बा. राबड़ी देवी नीतीश कुमार के चिट्ठी भेज के एह बाति के ओरहना दिहले बाड़ी कि उनुकर सुरक्षा हटा लीहल गइल बा. एहसे ऊ आपन सगरी सुरक्षाकर्मी आ सरकारी गाड़ी लवटावत बाड़ी. मीडीया में राबड़ी देवी आरोप लगवले बाड़ी कि उनुका पूरा परिवार के जान लेबे के साजिश हो रहल बा बाकिर उनुका बिहार का लोगन पर भरोसा बा आ अब इहे लोग उनुका परिवार के सुरक्षा करी. आ अगर उनुका भा उनुका परिवार का साथे कवनो दुर्घटना घटत बा त एकरा ला नीतीशे सरकार जिम्मेदार होखी.
मोतिहारी 10 अप्रैल (वार्ता). एहिजा के गाँधी मैदान में मंगल का दिने पीएम नरेन्द्र मोदी पूरा देश के एगो परिवार बतावत देशवासियन से गोहार लगवलन...
नयी दिल्ली 09 अप्रैल. राजनीति में नया नया शब्दावलि आ परिभाषा गढ़ेवाला काम क के सोमार का दिने एगो नया तरीका के शुरुआत क दिहलें कांग्रेस अध्यक्ष...
बेंगलुरू 08 अप्रैल (वार्ता). कांग्रेस अध्यक्ष राहुल गांधी आजु दावा कइलन कि 2019 के लोकसभा चुनाव में भारतीय जनता पार्टी का खिलाफ विपक्षी गोलन के...
अब मनु भाकर दिअवली भारत के छठवां स्वर्ण पदक भारत के 16 बरीस के जाबांज निशानेबाज बेटी मनु भाकर शूटिंग में 240.9 अंक पा के राष्ट्रमंडल खेल के एगो नयो...
गोल्ड कोस्ट, 08 अप्रैल (वार्ता). भारत के पूनम यादव अपना लाजवाब प्रदर्शन से 21 वां राष्ट्रमंडल खेलन के भारोत्तोलन प्रतियोगिता के पंचवा दिने महिला...
ट्रैक्टर से कचरा के चालक के मौत डेहरी आन सोन 07 अप्रैल (वार्ता). रोहतास जिला के डेहरी नगर इलाका में भइल एगो सड़क हादसा में गोपी बीघा के 30 बरीस उमिर...